हमनी के बारे में
मसीही पवित्र ग्रंथ हमनी के इतिहास अऊरी भविष्यवाणी दुनों के बारे में बतावेला। ई हमनी के बतावेला की पहिले का भइल रहे अऊरी जल्दीए का होखे वाला बा। एगो चउकावे वाला भविष्यवाणी में, हमनी कऽ दुनिया की विनाश से पहिले आखिरी चेतावनी के संदेशा के पढ़ सके लीं जा।
ई चेतावनी कऽ संदेश, प्रकाशितवाक्य 14 में लिखल तीन गो स्वर्गदूतन के जरिए समझावल गईल बा, तीन गो भागन में आवेला। एह चेतावनियन में से हर एक के पूरा दुनिया की खातिर सुनल महत्वपूर्ण बाटे।
पहिला स्वर्गदूत हमनी के सृष्टि के रचईता परमेश्वर कऽ आराधना करे के खातिर कहेलन, जे स्वर्ग, पृथ्वी अऊरी समुन्दर के बनवले हवें। हमनी के सृष्टिकर्ता कऽ आराधना करे के चाहीं काहें की उनकर न्याय करे कऽ समय आ गईल बाटे। पहिला स्वर्गदूत हमनी के बतावेलन कि हमनी कऽ एह परमेश्वर के कईसे जान सकेलीजा अऊरी न्याय से गुजरला खातिर तईयार हो सकेलीजा।
दूसरा स्वर्गदूत हमनी के अंत के समय धर्मत्याग के बारे में चेतावनी देलन। हमनी के ओह धार्मिक तौर-तरीकन में से "बाहर आवे" खातिर कहल गइल बाटे जवन सृष्टि के रचईता परमेश्वर अऊरी उनकरी द्वारा प्रकट कईल वचन के सम्मान नहीं करेला।
तीसरा स्वर्गदूत हमनी के चेतावनी देलन कि बुराई करे वाला सृष्टि के रचईता परमेश्वर अऊरी उनकरी लोगन के खिलाफ एगो आखिरी हमला करे खातिर धर्मत्यागी धार्मिक तौर-तरिकन के जरिए काम करी। बुराई कऽ पालन करे वालन पर एगो "निशान" लगावल जाई, अउरी जे परमेश्वर के प्रति सच्चा रहिहें उनकर पीछा कईल जाई। लेकिन परमेश्वर ओह लोगन पर आपना न्याय उण्डेलिहें जेकरा पर ई भयानक निशान रही। उनकर लोग, जिनकरा में विश्वास अऊरी आज्ञाकारिता बाटे, एगो मूअत ग्रह की तबाही से बचावल जईहें। उ परमेश्वर के साथे स्वर्ग जईहें अउरी देखिहें कि उ दुनिया के ओकरा मूल पूर्णता में फिर से बनावेलन।
हमहन के न्यूज़लेटर खातिर जुड़ीं
सभे नया प्रकाशन कऽ सूचना सबसे पहले पाईं!
