
परम मुक्ति
सारांश
हो सकेला कि अइसन लागे कि दुख हमेशा खातिर चलत रही बाकि प्रभु यीशु मसीह कहले रहलें कि ई एक दिन खतम हो जाई। उ वादा कईलें बाड़ें कि उ अपना लोगन के “स्वर्ग के राज्य” नाम के जगह पर ले जाए खातिर एह धरती पर वापस अईहें। एह अद्भुत जगह में ना कवनो दुख बा, ना मौत बा, ना कवनो पुनर्जन्म के चक्र। हमनी के सृष्टि के रचईता परमेश्वर के साथे हमेशा खातिर जिंदा रहब जा! एह पत्रिका में बतावल गइल बा कि हमनी के अपना अंतिम उद्धार खातिर कइसे तइयार हो सकेनी जा।
प्रकार
Tract
प्रकाशक
Sharing Hope Publications
में उपलब्ध
16 प्रकाशक
पन्ना
6
गंगा की तट पऽ, अंत्येष्टि संस्कार की दौरान, एगो पुजारी मृत आत्मा के एगो शरीर से दूसरे शरीर में यात्रा के मोक्ष की अंतिम मंजिल की ओर पऽ समझावत रहे। भीड़ में एगो छोट लईका उत्सुकता से सुनत रहे। अपनी बगल में एगो अदमी की ओर मुड़त, उ अचानक से पूछ देला, “एकर समाप्ती कब होई?”
उ एगो एइसन सवाल पूछ देला जेपर बहुते लोग आश्चर्य करेलन। हमनी के एह दर्दनाक चक्र से बचे खातिर केतना जन्म अउर पुनर्जन्म जरुरी बा? इ पूरा इतिहास में अनगिनत बार पूछल गईल बा, अउर फेर भी केहू एकर सटीक उत्तर नाहीं दे सकला।
एह धरती पऽ जनम, मृत्यु, अउर दुख कऽ चक्र एइजा सामान्य बा। लेकिन एह दुनिया से परे, जहां परमेश्वर मौजूद बाड़न, ओइजा कौनों भी दर्दनाक चक्र नाहीं बाटे—बा तऽ खाली शाश्वत, अंतहीन खुशी। शुक्र बा, दर्द अउर कठिनाई से मुक्ति पावे की खातिर लाखों मौतन से अउर पुनर्जन्मन से गुजरल जरुरी नईखे। हम रउरा के एगो बहुते रोमांचक बात की बारे में बतावतनी।
दुःख से हमेशा खातिर मुक्ति!
बहुत समय पहिले, प्रभु यीशु एगो इंसान की रूप में एह दुनिया में आईल रहलन। उ बीमार लोगन के चंगा कईलन अउरी कई गो अन्य अद्भुत काम कईलन। उ “स्वर्ग कऽ राज्य” नामक एगो विशेष स्थान के बारे में भी सिखवलन। उ कहलन कि स्वर्ग एगो एइसन जगह हवे जहां कवनों बीमारी नईखे, कवनों पीड़ा नईखे अउरी पुनर्जन्म कऽ कवनों आवश्यकता नईखे। ओह खूबसूरत जगह में सभे केहू हमेशा खातिर रहेला।
प्रभु यीशु एह अद्भुत राज्य के बारे में सिखवलन, अउरी फिर उ हमनी के हमनी की बुरा कर्मन की नतीजा से मुक्त करे खातिर आपन जीवन बलिदान के रूप में दे दिहलन ताकि हमनी कऽ चाहीं जा तो ओइजा जा सकीं जा।
अपनी बलिदान मृत्यु की तीन दिन बाद, उ कब्र से उठलन अउरी स्वर्ग की राज्य में चढ़ गईलन। उ अपनी अनुयायिन से वादा कईले रहलन कि उ युग की अंत में उन्हन लोग के स्वर्ग में ले जाए खातिर वापस अईहन।
का इ एगो शानदार भविष्य जईसन नईखे लागत? यीशु चाहेलन कि हमनी में से हर एक के मुक्ति मिल जाव—हमेशा खातिर दुख से बचे खातिर। लेकिन जइसन कि उ छोट लईका पूछलस, “इ कब समाप्त होई,” तऽ हमनीओ के भी इ आश्चर्य होला कि हमनी के मुक्त होखला में केतना समय लागी।
प्रभु यीशु मसीह कऽ वापसी
दिलचस्प बात इ बा कि प्रभु यीशु कऽ शिष्य भी इहे प्रश्न पूछलं जा—इ कब समाप्त होई? प्रभु यीशु एह युग की अंतिम दिनन के तीव्र भूकंप, युद्ध, भुखमरी, विपत्ति, अउरी महामारीन की समय के रूप में वर्णित कईले बाड़न। लोग परेशानियन के तेजी से बढ़त देख के भयभीत हो जईहें अउरी उनकऽ हौसला टूट जाई। इहे सब प्रभु यीशु के अईला कऽ चिन्ह होई। अब हमनी कऽ देख सकेनी जा कि हमनी कऽ युग की अंत में जीअतनी जां काहें की इ सब संकेत घटित होता।
जल्दीए, प्रभु यीशु अपनी प्रतिज्ञा की अनुसार लौटीहन। मरल लोगन के पृथ्वी पऽ से जिवावल जाई अउरी उन्हन लगो के नया सिद्ध देह मिली, जइसन कि बाइबल में कहल बाटे, “प्रभु खुदे स्वर्ग से ललकार के साथे नीचे अईहें, स्वर्गदूत के शब्द, अउरी परमेश्वर की तुरही के आवाज की साथे। अउर जे मसीह में मर गईल बाड़ें, उ लोग पहिले जी उठीहें” (पवित्र बाइबल, 1 थिस्सलुनीकियों 4:16)।
ओह समय, जइसन कि हमनी कऽ जानत बाड़ी जा, इ दुनिया नष्ट हो जाई, अउरी बुराई कऽ नाश हो जाई। हमनी कऽ एक हजार साल की सुख खातिर स्वर्ग जाईल जाई। तब, प्रभु यीशु सुंदरता अउर पूर्णता की साथ दुनिया के फेर से बनईहें—जवन मृत्यु, दर्द, बीमारी, निराशा, अउरी अकेलेपन से मुक्त होई। अउर उ वादा कईने कि हर केहू जे उनकी मार्ग कऽ अनुसरण करेला ओकर ओइजा होखल निश्चित बाटे। इ यीशु कऽ मार्ग हवे।
परम मुक्ति
यीशु अपनी वापसी कऽ सटीक दिन या घंटा प्रकट नाहीं कईलन, लेकिन उ अपनी अनुयायिन के कईगो विशिष्ट संकेत दिहलन, जेईसे हमनी कऽ जानत बानी जा कि उन कऽ आगमन बहुते नजदीक बाटे—शायद रउरा की अउरी हमरी जीवनकाल में। का शानदार खबर बाटे! प्रभु यीशु की अईला पऽ, हमनी कऽ अपनी बुरा कर्मन के नतीजन से मुक्त हो जाईल जाई!
यदि रउआँ स्वर्ग के राज्य में प्रवेश करे वालन में शामिल होखल चाहतनी, तऽ यीशु के मार्ग कऽ अनुसरण करे खातिर तीनगो सरल चरण बा:
प्रभु यीशु पर विश्वास करीं। जब यीशु आपन जीवन बलिदान की रूप में दिहलन, तऽ उ सबकी बुरा कर्मन कऽ नतीजा ढोअलन। उ इ स्वेच्छा से कईलन ताकि उ हमनी के उहनी लोग से छुटकारा दिला सकें। रउआँ एह उपहार के अपनी पूरा दिल, आत्मा, अउर दिमाग से विश्वास कके स्वीकार कऽ सकेनी।
एगो व्यक्तिगत संबंध विकसित करीं। प्रभु यीशु नईखन चाहत कि हमनी कऽ खाली धार्मिक फरज की एगो सूची कऽ पालन करीं जा; उ चाहतन कि हमनी कऽ उनके व्यक्तिगत रूप से जानीं जा। हमनी कऽ उनसे प्रार्थना कऽ सकेनी जा वइसे ही जइसे हमनी कऽ कौनों करीबी दोस्त से बात करेनी जा, आपन दिल खोलके आपन सब रहस्य साझा कर सकेनीजा। प्रभु यीशु अपनी आत्मा की जरिए हर दिन हमनी की साथ रहला कऽ वादा कईले रहलन, ताकि हमनी कऽ कौनों भी समय उनकी साथ बात कर सकीं जा।
प्रभु यीशु की शिक्षा कऽ पालन करीं। यीशु कहलन कि हमनी के सावधान रहे के चाहीं अउर उनकी अवले खातिर तैयार रहे के चाहीं। प्रभु यीशु की प्रति समर्पण कऽ जीवन जीअला कऽ अर्थ इ हवे कि हमनी कऽ उनकी सब आज्ञा कऽ पालन करीं जा, उनके अपनी पूरा दिल से प्यार करीं जा, अउरी हमेशा बादर में उनकी आवे होखला खातिर तैयार रहीं जा। पवित्र बाइबल में, प्रभु यीशु कऽ अनुयायी होखे खातिर हमनी के उ सब कुछ मिली जवन हमनी के जानल आवश्यक बा।
यदि रउआँ प्रभु यीशु मसीह की वापसी की तैयारी में यीशु के मार्गकऽ अनुसरण कईला के तरीका की बारे में अधिका जानल चाहतनी, तऽ कृपा कर के एह पन्ना की पीछे दीहल जानकारी पर हमनी से संपर्क करीं।
Copyright © 2023 by Sharing Hope Publications. काम के बिना अनुमति के गैर-व्यावसायिक उद्देश्य खातिर छपल औरी साझा कइल जा सकेलाबाइबिल वर्स के अंग्रेजी न्यू किंग जेम्स संस्करण से भोजपुरी में अनुवाद कइल गइल। 1982 में थॉमस नेल्सन द्वारा कॉपीराइट कइल गइल। अनुमति के साथ इस्तेमाल कइल गइल। सभ अधिकार सुरक्षित बा।
हमहन के न्यूज़लेटर खातिर जुड़ीं
सभे नया प्रकाशन कऽ सूचना सबसे पहले पाईं!
