हमरी दर्द की खातिर न्याय

हमरी दर्द की खातिर न्याय

सारांश

दुख हमेशा खातिर ना रही। एह पत्रिका में एगो संघर्षरत बलात्कार पीड़िता के बारे में बात कइल गइल बाटे जब ऊ एह बात पर चिंतन करत बाड़ी कि सृष्टि के रचईता परमेश्वर, दुष्टन पर कईसे अंतिम न्याय करीहें। एह में बतावल गइल बाटे कि कइसे यीशु पाखंडी अगुआ लोगन के निंदा कइलन अउरी ओह लोगन के पक्ष में न्याय के वादा कइलन जे लोग कष्ट उठवले बाटे। लेकिन अगर हमनी के खुद गलती कईले बानी जा तऽ एगो अऊरी तरीका भी बा जवना से हमनी के ओह दुख के माध्यम से माफ कईल जा सकेला जवन प्रभु यीशु मसीह हमनी खातिर सहले रहलें।

डाउनलोड

विमला सीधा बिस्तर पऽ बईठ गईली, उनकऽ दिल धड़कत रहे। एगो अउरी खराब सपना! हर कुछ दिनन में, भयानक याद उनकी सपना में आ जात रहे—एगो एईसन व्यक्ति कऽ याद जवन उनकर फायदा उठवले रहे तब जब उ केवल 12 साल कऽ रहली।

ओह दिन के विमला भूला नाहीं पवली। उ शर्मिन्दा अउरी गंदा महसूस करत रहली अउरी उ अपनी एह दर्द के भार के बारे में केहू के नाहीं बतवले रहली। विमला विश्वविद्यालय में प्रवेश लिहली, लेकिन बुरा सपना उनकऽ पीछा करत रहे। उ ओह आदमी से नफरत करत रहली अउरी उम्मीद करत रहली कि ओके उहे मिली जेकर उ हकदार बाटे।

कठिन प्रश्न

विमला कऽ मन प्रश्नन से व्याकुल रहे। के उनकी बलात्कारी के कर्म की माध्यम से न्याय मिली? उ उनकी शहर कऽ एगो प्रसिद्ध पवित्र व्यक्ति रहे। उ लोगन की खातिर कईगो अच्छा काम कईले रहे, अक्सर उपवास कईले रहे, अउरी देवतन की खातिर बड़ऽ भक्ति देखावत रहे। का एगो बुरा काम के उनकी सब अच्छा कामन की खिलाफ तौलला से फर्क पड़ी? उ ना जानत रहली कि कर्म कऽ नियम कईसे काम करेला, लेकिन उ इ जानत रहली कि ओकर बुराई इनके प्रभावित कईले रहे। विमला आपन दर्द नाहीं भूला पवली।

न्याय कऽ तलाश

विमला की सहपाठिन में से एगो, सायरा, उ एगो एइसन संगठन में प्रशिक्षण पवले रहली, जवन जरूरतमंद औरतीन कऽ मदद करत रहे। एगो दिने, सायरा उनके विधवा, पीड़ित औरतन अउरी बलात्कार पीड़ितन की मदद करे वाला केंद्र कऽ दौरा करे की खातिर शहर आवे के आमंत्रित कईली। विमला घबरा गईली अउरी सोचे लगली कि का केहू उनकी भयानक रहस्य के जानेला। लेकिन सायरा एतना दयालु लगली कि विमला जईला कऽ फैसला कर लिहली। उनकी जाते ही, सायरा उनके ओह कुछ घायल औरतीन की बारे में बतवली जिनके उ पिछला कुछ दिनन में देखले रहली।

“का तू कबो ओ औरतन के देखले बाडू जिनके कौनो गुरु प्रताड़ित कईले होखें?” विमला लजात पूछली।

“हं, कुछ बेर,” सायरा जवाब दिहली। “इ बहुत दुख क बात बा। खाली एह खातिर कि केहू धार्मिक होखले कऽ दावा करता एकर मतलब इ नाहीं हवे कि उ परमेश्वर से जुड़ल बाटे।”

“इ सच हउवे...”

“हमार गुरु, महागुरु, कहले रहलन कि हमनी की दिन में धार्मिक दुनिया बहुत भ्रष्ट हो जाई। हमनी के भ्रष्ट धर्म से दूर होखे के चाहीं अउरी रचेवाला ईश्वर की साथ जुड़े के चाहीं। उ हमनी के शुद्ध हृदय दिहें अउरी हमनी के बुरा काम के क्षमा करीहें। तब हमनी कऽ ओह लोगन में से होखब जा जे लोग देखी कि परमेश्वर एह ग्रह के एगो सिध्द स्थान के रूप में फेर से बनइहे जेमें कवनो अउर दुष्ट अदमी ना होईहे।”

“इ बहुत दिलचस्प लागत बाटे। तोहार गुरु के हवें?”

“हम प्रभु यीशु मसीह कऽ अनुसरण करेलि। उ एगो महान शिक्षक रहलन, बाकि साथ में, उ परमेश्वर कऽ अवतार भी रहलन। का तू उनकरा बारे में जानेलू?”

“हमके लागता कि हम बज़ारे में उनकर कुछ तस्वीर देखले बानी, बाकि हम उनकरी बारे में बहुत नईखी जानत। उ अउर का कहलन?”

बस फुटपाथ पऽ रुक गईल। “चलऽ अंदर चलल जा,” सायरा कहली, “अउर फेर हम तोहके अउरी बताईब।”

आध्यात्मिक पाखंड

विमला अउर सायरा बस में चढ़ गईलीजा अउरी साथ में एगो सीट पा गईलीजा।

“यीशु धार्मिक पाखंड के हानिकारक प्रभाव के बारे में बहुत कुछ कहलें,” सायरा कहली। उ अपनी बटुआ से प्रभु यीशु क एगो छोट किताब निकलली अउर ओके खोल दिहली। “देखऽ इ एईजा का कहत बाटे,” उ इशारा कईली। विमला पढ़ली,

हे कपटी शास्त्री अउर फरीसी लोग, तोहन लोग पऽ हाय! काहें कि तोहन लोग विधवन कऽ घर नष्ट कर देलऽ जा, अउर ढोंग की खातिर लंबा प्रार्थना करेलऽ जा। (पवित्र बाइबल, मत्ती 23:14)।

“शास्त्री अउरी फरीसी के हवें?” उ पूछली।

“उ प्रभु यीशु की समय में गुरु लोग की तरह रहल,” सायरा समझवली,“बाकि उ बहुते भ्रष्ट लोग रहलें।” विमला मुड़ी हिलवली अउरी पढ़त रहली।

हे कपटी शास्त्री अउर फरीसी लोग, तोहन लोग पर हाय! काहेंकि तोहन लोग प्याला अउर प्लेट के बहरा से तऽ साफ करे लऽजा, बाक़ी भीतर से उ अन्धेर अउर भोग-विलास से भरल रहेला (मत्ती 23:25)। हे अन्धा फरीसी, पहिले प्याला अउर प्लेट के भीतर से शुद्ध करऽ, कि उ बाहर से भी शुद्ध रही सकें (मत्ती 23:26)।

अनंतकाल कऽ न्याय

सायरा कहली, “निर्माता परमेश्वर हमनी के सावधान रहे की खातिर कहेलन काहें की आत्मिक पाखंड आज भी हमनी के बीच में बाटे। प्रभु यीशु कऽ किताब कहेला कि हमनी की दिन में संसार अउर ईहाँ तक कि सब धार्मिक व्यवस्था भी बहुत भ्रष्ट होई। परन्तु परमेश्वर कुकर्मिन कऽ न्याय तब करीहें जब उ संसार कऽ फेर से रचना करीहें।”

“तू असल में का सोचेलू कि उ कईसे न्याय करीहें?” विमला जवाब दिहली। 

सायरा समझवली, “प्रभु यीशु कऽ किताब कहेला कि परमेश्वर हर केहू के अच्छा अउरी बुरा काम के एगो किताब में दर्ज करेलन। युग की अंत में, प्रभु यीशु मसीह बदरी में आवे वाला बाड़न। सभे केहू उनके देखीहे। उ हमनी में से हर एक कऽ न्याय ओही अनुसार करीहें जवन किताब में लिखल होई।”

विमला उत्सुक रहली। “लेकिन हमनी के अपनी बुरा कामन कऽ का करे के चाहीं?” उ पूछली।

आपन मंजिल पर पहुंचते ही सायरा मुस्कुरा दीहली अउरी बस से बाहर निकलली। “इ सबसे अच्छा हिस्सा हवे। प्रभु यीशु पापबलि की रूप में आपन बलिदान दिहलन अउरी फेरू जी उठलन। उ वादा कईले रहलन कि अगर हमनी कऽ अपनी पापन के स्वीकार करींजा अउरी उनकरा पऽ विश्वास करींजा, तऽ उनकर अपना जीवन कऽ बलिदान दिहला कऽ अच्छा काम एतना शक्तिशाली बाटे कि इ हमनी के सब बुरा कामन के किताब से मिटा देई।”

सबसे उत्तम न्याय कऽ संदेश

उ लोग ओह केंद्र पर पहुंच गईल रहलीजा जहां उपेक्षित औरतन कऽ जरूरत पूरा कईल जात रहे। विमला गरीब, दुबर-पातर विधवा लोग की ओर देखली जवन दैनिक भोजन की खातिर बाहर इंतजार करत रहलीजा। उ देखली की एगो मध्यमवर्गीय महिला तेजी से प्रवेश करत रहली, करीया धूप की चश्मा के पीछे एगो करीया आँख छुपवला कऽ कोशिश करत रहली। विमला कऽ हृदय करुणा से सिहर उठल। उ अकेल महिला नाहीं रहली जे दर्द में रहली!

सायरा देखली। “का तू ठीक बाड़ू?”

“हँ, हम ठीक बानी,” विमला जवाब दिहली। “लेकिन हमके लागे लागल बा कि प्रभु यीशु के जल्दीए हमनी कऽ न्यायी बने खातिर आवे के चाहीं। अगर इ सच हवे कि उ बुरा लोगन के गायब कर दिहन अउरी अच्छा लोगन के हमेशा खातिर रहे की खातिर एगो खूबसूरत जगह पर ले जईहें, तऽ इ सबसे अच्छा न्याय हवे जेकरी बारे में हम अब-तक सुनले बानी!”

यदि रउरा प्रभु यीशु की पुस्तक की बारे में अधिका जानल चाहतनी तऽ, कृपा कर के एह पन्ना की पीछे दीहल गईल जानकारी पऽ हमनी से संपर्क करीं।

Copyright © 2023 by Sharing Hope Publications. काम के बिना अनुमति के गैर-व्यावसायिक उद्देश्य खातिर छपल औरी साझा कइल जा सकेला
बाइबिल वर्स के अंग्रेजी न्यू किंग जेम्स संस्करण से भोजपुरी में अनुवाद कइल गइल। 1982 में थॉमस नेल्सन द्वारा कॉपीराइट कइल गइल। अनुमति के साथ इस्तेमाल कइल गइल। सभ अधिकार सुरक्षित बा।

हमहन के न्यूज़लेटर खातिर जुड़ीं

सभे नया प्रकाशन कऽ सूचना सबसे पहले पाईं!

newsletter-cover