
दुनिया कऽ अंत: एगो अचम्भा में डाले वाली भविष्यवाणी!
सारांश
हमनी के दुनिया के भविष्य कवनो रहस्य नईखे। एकर भविष्यवाणी बाइबिल में कइल गइल बाटे, जवन प्रभु यीशु मसीह के किताब हवे। यीशु हमनी से कहले बाड़न कि हमनी के विशिष्ट संकेतन पर नजर रखीं जा ताकि हमनी के पता चल सके कि अंत अब नजदीक आ गइल बाटे। अगर हमनी के उनकर शिक्षा के पालन करब जा अउरी उनकरा पर भरोसा करब जा तऽ हमनी के भविष्य के बारे में निश्चितता होई। एह पत्रिका में बतावल गइल बाटे कि दुनिया के अंत अउरी अनंतजीवन के शुरुआत खातिर कइसे तइयार रहे के चाहीं।
प्रकार
Tract
प्रकाशक
Sharing Hope Publications
में उपलब्ध
16 प्रकाशक
पन्ना
6
रमनदीप अउरी आरामदायक स्थिति में होखे खातिर आपन बुढ़ देंह कऽ स्थिति बदललन। उनकी जोड़न में एह दिन में अउर अधिक दर्द होखे, अउर जब उ चाऊर की धाना कऽ खेत देखलन, त ओकर रंग एक साथे धुंधला लागत रहे थे। उ अपनी बहू के खाना बनावत सुन सकत रहलन, अउरी उ सोचत रहलन कि का उन कऽ परिवार उन कऽ बोझ समझेला। बुढ़ापा आसान नाहीं रहे—नऽ उनकी खातिर अउर नऽ ही उन कऽ देखभाल करे वालन खातिर।
उ जब छोट रहलन तब कऽ आपन गुरु क कहल बात याद कईलन अऊर सोचलन की उ अबो मंदिर जा सकत रहले। उन कऽ गुरु कहले रहलन कि चारगो विश्व युग रहे—और हर एक लगातार बदतर होत जात रहे। अंतिम युग—कलयुग—सबसे बुरा होई, जवन पाप, दुख, अउर अंधकार से भरल होई। रमनदीप आह भरलन। शायद कलयुग कुछ हद तक बुढ़ापा जईसन रहे—हर उ चीज जवन कबो अच्छा रहे ओकर अंतिम पतन। उ इ समाचार सुनलन कि, कईसे लोग भूकंप, रोग, हत्या, अउर युद्ध से मरत बाड़ें। जे मरल नाहीं उ भौतिकवादी, उदास, अउर अनैतिक होत जात रहें।
इ दुःख भरल दुनिया कब खत्म होइ? का उनकर पुरान देह—अउरी एह पतित ग्रह—कऽ पुनर्जन्म हो सकेला?
पृथ्वी की भविष्य कऽ भविष्यवाणी
हम रउआ के एगो एइसन दिव्य भविष्यवक्ता से मिलवावल चाहत बाड़ीं, जेकर दिहल भविष्य की संकेतन पऽ हमके भरोसा बाटे। उ प्रभु यीशु मसीह हवे। उ एगो इंसान की रूप में पृथ्वी पर अईलन, लोगन के चंगा कईलन अउरी सब के बतवलन कि उ लोग कईसे स्वर्ग की राज्य में प्रवेश कर सकेला। 33 साल की उमर में, उ आपन जीवन के बलिदान कऽ दिहलन। फेर, सबके अचम्भा में डारत, उ फेर से जी उठलन! उ कहलन कि जो हमनी कऽ उनपर भरोसा अउर उन की बात कऽ पालन करब जा, तऽ उन कऽ बलिदान हमनी की खातिर क्षमा अउर मुक्ति प्राप्त करी।
प्रभु यीशु हमनी की दुनिया की भविष्य की बारे में बात कईलन अउर दावा कईलन कि उ एह वर्तमान बुरा युग के समाप्त कऽ दिहन। उन कऽ किताब, पवित्र बाइबल, भविष्यवाणी से भरल किताब हवे। हमनी के उन की भविष्यवाणिन पऽ ध्यान देवे के चाहीं ताकि हमनी के पता चले की हमनी कऽ कईसे जानब जा कि अंत निकट बाटे।
दुनिया कऽ अंत
एक दिन, प्रभु यीशु कऽ छात्र उनसे पूछलन जा, “रउआ की अईला कऽ अउर युग की अंत कऽ का चिन्हा होई?” (पवित्र बाइबल, मत्ती 24:3)। प्रभु यीशु उनसे कहलन कि युग क अंत एइसन चिन्हन से होई जवन हमनी के पहिलहीं इ जनला में मदद करी कि उन कऽ आगमन निकट बा। एह चिन्हन में शामिल बा:
झूठा उद्धारकर्ता। प्रभु यीशु कहलन की, “सावधान रहीहजा कि केहू तोहन लोगन के धोखा नऽ दे। काहें कि बहुत जाना हमरी नाम से आके कहीहें, ‘हम मसीह हईं,’ अउरी बहुत लोगन के भरमईहें” (मत्ती 24:4–5)। हमनी के प्रभु यीशु होखले कऽ दावा करे वाला धोखेबाजन की बहकावा में नाहीं आवे के चाहीं। उ जब असल में अईहन तब पूरा दुनिया देखी—“जईसे बिजली पूरब से पच्छिम की ओर चमकेले” (मत्ती 24:27)—अउरी इ तब होई जब पूरा दुनिया भयानक अउरी अचम्भा वाली विपत्तिन से हिल जाई।
युद्ध अउर युद्धन कऽ अफवाह। प्रभु यीशु कहलन, “तोहन लोग युद्ध अउर युद्धन की अफवाह की बारे में सुनबऽजा। देखीहऽजा कि तोहन लोग परेशान ना होखऽजा; काहें की एह सब बात के होखल जरुरी बाटे, लेकिन अन्त अबे नाहीं हवे। काहें की देश-देश पऽ, अउरी राज्य, राज्य पर चढ़ाई करी” (मत्ती 24:6–7)। जईसे-जईसे हमनी कऽ युग की अंत तक पहुंचल जाई, वईसे-वईसे युद्ध अधिकाधिक अउर भयंकर होत जाई।
अकाल, भूकंप, अउरी महामारी। तीसरा संकेत जवन उ पहिलहीं बता दिहलन उ ई रहे, कि “भूकंप, अउरी महामारी अउरी जगह-जगह अकाल पड़ी। ई सब दुखन कऽ शुरुआत हवे” (मत्ती 24:7–8)। सदी के अंत से अब ले 2 करोड़ से अधिका लोग अकाल कऽ शिकार भईल बाटे। नेपाल में 2015 कऽ भूकंप, जेमें 8,000 लोग मर गईल, इतिहास में सबसे घातक में से एगो रहे। बेमारी से अनगिनत जान गईल बाटे। एकदम, हमनी कऽ उहे कुल देखत बानी जा जवना कऽ प्रभु यीशु भविष्यवाणी कईले रहलन।
नैतिक पतन। प्रभु यीशु कहलन, “काहें कि अधर्म बढ़त जाई, तऽ बहुतन कऽ प्यार ठंडा हो जाई” (मत्ती 24:12)। इ अनुमान बा कि भारत में हर दिन औसतन 91 बलात्कार अउर 79 हत्या होखेला। लोग एतना स्वार्थी हो रहलबा कि ओके अब एह बात कऽ परवाहे नईखे कि ओकरी कर्म से दूसरे के कौने तरह से चोट पहुँचता।
प्रभु यीशु एह सब चिन्हन कऽ भविष्यवाणी कईले रहलन जवन महिमा के बादल में उनकी वापसी से पहिले होई। तऽ जईसे ही हमनी कऽ एह संकेतन के घटित होत देखे नी जां, हमनी कऽ जान सके नी जा कि उन कऽ भविष्यवाणी सही बा अउर उनका आगमन बहुते निकट बाटे!
प्रभु यीशु के वापसी कऽ तैयारी!
जे लोग स्वार्थ, घमंड अउरी अनैतिकता में जीयता, उ लोग प्रभु यीशु की अईला पऽ खुश नाहीं होई। असल में, जब उ बादल में लौटीहें, तऽ ओह लोग कऽ सब बुरा कर्म एगो विनाशकारी क्षण में ओह लोग पऽ पड़ी। उ सब उनसे छूपले कऽ जतन करीहंजा, अउरी चट्टान अउरी पहाड़न की आगे दोहाई दिहंजा, “कि हमनी पऽ गिर पड़ऽस, अउर उ जे सिंहासन पऽ विराजमान बाड़ें, ओकरी सामने से हमनी के छिपा दऽस!” (पवित्र बाइबल, प्रकाशितवाक्य 6:16)।
लेकिन जे लोग प्रभु यीशु की बलिदान पर भरोसा करेला, उ ओह दिने तुरंत बदल दिहल जईहें अउरी उनके नया अउरी अमर शरीर मिली। उ लोग बदरी पऽ तैरिहं जा अउरी इ पतित दुनिया से हमेशा खातिर बच जईहं जा। अगर रउआँ ओह अनंत कल खातिर सुखी व्यक्तिन में से एगो बनल चाहतनी, तऽ रउआँ आज ई सरल प्रार्थना कर सकेनी:
प्रिय सृष्टिकर्ता परमेश्वर, हमके विश्वास बाटे कि प्रभु यीशु जल्दीए वापस अई हं। कृपा कर के हमके अब्बे प्रभु यीशु के जानल अउरी उन पर भरोसा कईल सिखावऽ ताकि हम ओह लोगन में शामिल हो जाईं जेके स्वर्ग में ले जाइल जाई। आमीन।
अगर रउआँ के भविष्य की बारे में प्रभु यीशु की भविष्यवाणिन के अउरी जानल चाहतनी, तऽ कृपा कऽ के एह पन्ना की पीछे दीहल गईल जानकारी पर हमनी से संपर्क करीं।
Copyright © 2023 by Sharing Hope Publications. काम के बिना अनुमति के गैर-व्यावसायिक उद्देश्य खातिर छपल औरी साझा कइल जा सकेलाबाइबिल वर्स के अंग्रेजी न्यू किंग जेम्स संस्करण से भोजपुरी में अनुवाद कइल गइल। 1982 में थॉमस नेल्सन द्वारा कॉपीराइट कइल गइल। अनुमति के साथ इस्तेमाल कइल गइल। सभ अधिकार सुरक्षित बा।
हमहन के न्यूज़लेटर खातिर जुड़ीं
सभे नया प्रकाशन कऽ सूचना सबसे पहले पाईं!
