चमत्कार कऽ एगो दिन

चमत्कार कऽ एगो दिन

सारांश

विमल कऽ अपना पत्नी से तनावपूर्ण रिश्ता अउरी अधिक खराब होखत जात रहे। लेकिन एक दिन, उनकरा के सब्त के दिन के बारे में पता चलल, जवन सृष्टिकर्ता परमेश्वर के सम्मान में एगो खास पवित्र दिन हवे। उ प्रभु यीशु के किताब पढ़े लगले अउरी हर हफ्ता सब्त के दिन मनावे लगले। धीरे-धीरे विमल के गुस्सा पिघल गइल, अऊरी उनकरा बियाह में कुछ खास होखे लागल।

प्रकार

Tract

प्रकाशक

Sharing Hope Publications

में उपलब्ध

16 प्रकाशक

पन्ना

6

डाउनलोड

विमल आपन ऑटो रेक्शा सड़क की किनारे रोक दिहलन। वईसे त उनके दिन भर में कईगो ग्राहक मिललन, लेकिन तबो उ खुश नाहीं रहलन। उ अपना ब्याह के बारे में सोचल बंद ना कऽ सकत रहलन। जवन की अब टूटत रहे!

उ अपना मेहरारू सीमा से प्यार करंस—लेकिन उ हर कुछ दिनन में उनके पिटला से खुद के रोक नाहीं पावल। उ उनके बहुते गुस्सा दिलवली। उ अइसन नाहीं करल चाहत रहलन, लेकिन बस हो गईल।

धार्मिक संस्कार के दौरान, सीमा के दूष्टात्मा धऽ लेव सऽ, अउर उ बेतहाशा नाचे लागस, आपन देहीं से नियंत्रण खो देंस अउर आपन कपड़ा फाड़ देंस। विमल के उनकरा खुद पर से नियंत्रण खो दीहला के इ तरीका पसंद नाहीं आवत रहे। उ ओसे कहलन कि उ संस्कारन में जाईल बंद क देंवस, लेकिन उ नाहीं मनली। ऊ जानवरन की बलि कऽ खून उनकरा चेहरा पऽ अउरी फाटल कपड़ा की साथ घरे आवस अउर विमल गुस्सा में उनराके पीटेलेन।

सीमा दू बेर गर्भवती भईली लेकिन एह सब उन्मादी रीति-रिवाजन की कारण उनकर गर्भपात हो गईल। ऊ अउर अधिक जिद्दी होत गईल, अउर विमल क्रोधित, उदास अउर दोषी बन गईलन।

एगो बेहतर रास्ता

विमल अपना ऑटो-रिक्शा में बइठलन, एगो बेहतर रास्ता के कामना करत रहलन। अचानक, उ सड़क की लगहीं के एगो इमारत के अंदर से अवाज सुनाई दिहलस। अंदर बच्चा अउरी आदमी-औरत लोग रहलें, अउर उ लोग सुनत रहे, अउर केहू कहानी सुनावत रहे। 

कहानीकार एगो एइसन व्यक्ति की बारे में बतावत रहलन जवन आपन परेशानिन से भागत रहे। उ आपन जुड़वां भाई के धोखा दिहले रहलें अउर उनके एतना बुरा तरह से चोट पहुंचवले रहे कि अब ओके अपनीए जिनगी खातिर डर हो गईल रहे। जइसे ही उ भाग के दूर पहुँचल, उ जंगल में सुते खातिर रुक गईल। ओकरी लगे तकिआ की जगह एगो पत्थर की अलावा सहज बनावे की खातिर कुछू ना रहे। उ आपन परिवार के बिखेर देवे खातिर जवन कुछ भी कईले रहे ओकरी खातिर उ अकेलापन अउर खेद महसूस करत रहलन।

विमल ध्यान से सुनलन। उ जानत रहलन कि ए आदमी के कइसन लागल होई।

कथाकार आगे सुनावत गईलन। जइसे ही उ आदमी सुतलन, उ एगो सपना देखलन। उ देखलन कि एगो सीढ़ी स्वर्ग तक ले जात बाटे। स्वर्गदूत ओ सीढ़ी से ऊपर अउर नीचे आवत रहलन, जइसे ए उदास, टूटल आदमी खातिर आशीर्वाद लेके आईल होखे। जब उ उठलन, त उनके खुशी महसूस भईल। उ जवन पत्थर तकिया की रूप में इस्तेमाल कईले रहलें ओहसे अपना परमेश्वर के खातिर एगो स्मारक बनवलन। सीढ़ी की दर्शन कऽ याद उनके एक बेर फिर परमेश्वर से जुड़ल महसूस करवलस, अउर उ अब जान गईल रहे कि सब कुछ ठीक हो जाई।

एगो नया किताब

लोगन की जईला की बाद, विमल लजात ओह इमारत की भीतर गईलन।

“सब्त के दिन कऽ शुभकामनाएं,” कहानीकार उनकर अभिवादन कईलन।

“सब्त का होला?” विमल उत्सुकता से पूछलन।

“हमनी कऽ निर्माता परमेश्वर कऽ आराधना करेलींजा,” कहानीकार उत्तर दिहलन। “अउर उ हमनी के सप्ताह की सातवां दिने, सब्त की दिने आराधना करे के कहेलन, काहें की उ छह दिन में दुनिया के बनवले बाड़न। जइसे उ अदमी की सपना में सीढ़ी स्वर्ग अउर पृथ्वी के जोड़ेलस, वइसे ही सब्त एगो साप्ताहिक पवित्र दिन हवे जवन हमनी के परमेश्वर से जोड़ेला। जब हमनी के एह दिन आराधना करेनी जा, तऽ हमनी कऽ सृष्टिकर्ता ईश्वर की खातिर आपन भक्ति देखावेनी जा अउरी उन कऽ आशीर्वाद पावेनी जा।”

विमल जुड़वाँ भाइयन की कहानी से प्रभावित भईलन। “रउरा के उ कहानी कहवाँ मिलल हवे?”

“इ बाइबल से हवे, प्रभु यीशु मसीह कऽ किताब,” कथाकार किताब के शेल्फ से लीहलन अउरी विमल के दे दिहलन। “रउरा एइजा कहानी पढ़ सकेलीं।”

विमल ओह आदमी के धन्यवाद दिहलन अउरी आपन नया किताब लेके घरे चली गईलन। पढ़त-पढ़त उनके राहत महसूस भईल अउरी उ अगिला शनिवार के लौटलन। जइसे ही उ चुपचाप बैठलन अउर ओह पवित्र दिन पऽ सृष्टिकर्ता परमेश्वर से प्रार्थना कईलन, उनकी हृदय में कुछ अद्भुत घटित होखे लागल।

एगो बदलल आदमी

एक दिने, जब विमल आपन नया किताब पढ़लन, तऽ उनके एगो श्लोक मिलल, जेमें कहल गईल रहे, “का रउआँ नईखीं जानत कि रउरा खुदे परमेश्वर कऽ मंदिर हईं अउर परमेश्वर कऽ आत्मा रउरा भीतर रहेले?” (1 कुरिन्थियों 3:16) उनकरा दिमाग में अचानक रोशनी आ गईल। 

चूंकि शरीर परमेश्वर कऽ मंदिर हवे, तऽ उ सोचलन, की केहू के भी एके नुकसान पहुंचवले कऽ अधिकार नईखे। हमके अब आपन मेहरारू के नाहीं पीटे के चाहीं।

उ अतीत में कई बेर खुदके रोकला कऽ कोशिश कईले रहलन, लेकिन एह बेर तऽ इ सही में काम कर गईल। उ जानत रहलन कि सब्त की दिनें बाइबल पढ़ल अउरी आराधना कईल उनके सृष्टिकर्ता परमेश्वर से जोड़ेले बा, जवन उनकी हृदय के बदलला में मदद कईले बाटे। एइसन लागल जइसे कौनों दैवीय हाथ उनकरी सीना से पत्थर के दिल के निकाल के दया के दिल से बदल दिहले होखे।

पुनर्मिलन!

कई बरिसन ले, विमल पवित्र सब्त की दिने सृष्टिकर्ता परमेश्वर कऽ आराधना करत रहलन। धीरे-धीरे, सीमा अपनी मरद में बदलाव देखली। उ अब ओकरानाहीं पीटत रहलें। एकरी बजाय, उ कोमल अउर दयालु हो गईल रहलन।

अबले, सीमा बहुते थकल अउर उदास हो गईल रहली। उ देखली की विमल हमेशा प्रभु यीशु मसीह कऽ किताब पढ़के अउर शनिवार के उनकी आराधना से घरे लौटले की बाद बहुते शांत लागँस। अंत में, जब उ उनसे पूछलन कि का उ उनकरा साथ जाईल चाहत बड़ी, तऽ उ मान गईली।

“सब्त हमनी की परिवार के खातिर एगो विशेष पवित्र दिन हवे,” विमल कहेलन। “इ एगो एइसन दिन हवे जब परमेश्वर हमनी के अपनी साथ जुड़े खातिर आमंत्रित करेलन। जब हमनी कऽ उनकी साथे एह तरह से जुड़ेलीं जां, तब उ चमत्कार करेलन। हम अपनी मेहरारू के जानतनी अउर आज हमार ब्याह खुशहाल बाटे काहेंकी हम हर दिन, अउर खासकर सब्त के दिन सृष्टिकर्ता परमेश्वर कऽ आराधना कईल सीख लिहनी। सब्त कऽ आशीष हमनी के परमेश्वर अउर एक दूसरे की अउर करीब ले आवेला।”

आज, विमल अउर सीमा दुगो बेटन की साथ अपनी ब्याह में खुशहाल बाड़न जा। उ अपनी सब पड़ोसिन के सब्त की दिन की आशीषन के बारे में बतावेलन।

यदि रउरा सब्त की बारे में अधिका जानल चाहतनी या बाइबल प्राप्त कईल चाहतनी, तऽ कृपा कऽ के एह पन्ना की पीछे दिहल गईल जानकारी पर हमनी से संपर्क करीं।

Copyright © 2023 by Sharing Hope Publications. काम के बिना अनुमति के गैर-व्यावसायिक उद्देश्य खातिर छपल औरी साझा कइल जा सकेला
बाइबिल वर्स के अंग्रेजी न्यू किंग जेम्स संस्करण से भोजपुरी में अनुवाद कइल गइल। 1982 में थॉमस नेल्सन द्वारा कॉपीराइट कइल गइल। अनुमति के साथ इस्तेमाल कइल गइल। सभ अधिकार सुरक्षित बा।

हमहन के न्यूज़लेटर खातिर जुड़ीं

सभे नया प्रकाशन कऽ सूचना सबसे पहले पाईं!

newsletter-cover