परमेश्वर कऽ खास लोग

परमेश्वर कऽ खास लोग

सारांश

प्रभु यीशु मसीह हमनी के एह बारे में बतावेलें कि कइसे उ आवे वाला युग में एगो निष्कलंक दुनिया के फिर से बनाईहें। उनकर खास लोग ओहिजा हमेशा खातिर रहिहें। ई खास लोग के हवें? बाइबिल ओह लोगन के “बचावल गईल लोग” कहेला। एह पत्रिका में बचावल गईल लोगन के संक्षिप्त वर्णन दिहल गइल बाटे अऊरी बतावल गइल बाटे कि ऊ सब कवना घटना के देखे के बेसब्री से इंतजार करत बाड़ें।

डाउनलोड

कहानी एगो एइसन व्यक्ति कऽ हवे जवन लंबा यात्रा पऽ जईला से पहिले अपना नौकरन के एकट्ठा कईलन। उ अपनी एगो नौकर के पइसा कऽ एगो बड़ थईली दिहलन; दूसरा नौकर के, पइसा कऽ एगो मध्यम-आकार कऽ थईली; अउर तीसरा नौकर के, एगो बहुत छोटहन थईली, उन्हन की छमता के मुताबिक़ दिहलन। उ उन्हन से कहलन कि जब उ चल जइहन, ओह दौरान उन्हन के उनकरी संपत्ति कऽ देखभाल करे के चाहीं। फेर उ चल गईलन।

पहिला नौकर आपन पइसा लिहलन अउर ओह से व्यापार करे लगलन। एही तरह, दूसरका नौकर भी आपन पइसा कऽ इस्तेमाल व्यवसाय में जुड़ला खातिर कईलन। उ दुनो लोग कड़ा मेहनत कईलन, अउर जल्दीए दुनो के सौंपल गईल राशि के उ लोग दूगुना कर दिहलन।

लेकिन तीसरा नौकर, जेकरी लगे पईसा कऽ बहुत छोट थैली रहे, उ अलग रहलें। उ जमीन में एगो गड्ढा खोदलन अउरी पइसा के सुरक्षित रखे खातिर गाड़ दिहलन—फेर उ आराम करे लगलन, कई वर्ष आलस कऽ आनंद लिहलन, जबले मालिक दूर रहलें।

अंत में, मालिक वापस आ गईलन। पहिला दूनो नौकर उनके देखवलन कि कईसे उ कड़ा मेहनत से अपना संपत्ति के अउरी दूगुना कर दिहलें। उ कहलन, “शाबाश! तोहन लोग अच्छा अउरी वफादार सेवक हउवऽ जा। तोहन लोग छोट-छोट मामला में अपनी आप के सिद्ध कईले बाड़ऽ जा, अउर अब हम तोहन लोग के बड़-बड़ काम सौंपब।” फेर उ उन्हन के इनाम दिहलन।

तीसरका नौकर रोवत अउरी लजात, आगे अइलन। “मालिक,” उ कहलन, “हम जानत रहलि कि रउवाँ एगो कठोर व्यक्ति हईं, जहवाँ रउवा नाहीं बोवेलिं ओहूजा से फल चाहेलिं अउरी जहाँ कौनों बीया ना बिखेरेलिं ओहू जा से एकट्ठा करेलिं। हम डेरा गईल रहलीं, एही खातिर हम जाके रउरी पइसा के जमीन में छिपा दिहलिं। ई हवे, जवन राउर हऊवे रउवाँ लेईं—एमे से कुछउ गायब नईखे।” बाकि मालिक नाराज भईले काहेंकी उ जानत रहेलें कि उ आलसी नौकर उनकरी दूर रहला के दौरान कुछउ भी नईखन कईले। उ आपन पइसा लिहलन, ओके ओह नौकर के दे दिहलें जवन ईमानदारी से काम कईले रहलें, अउर विश्वासघाती नौकर के दण्ड की जगह पर डाल दिहलन।

एगो आदर्श राज्य

इ कहानी प्रभु यीशु मसीह सुनवले रहलें, महानतम शिक्षक अउर कथाकार। उनकर पुस्तक, बाइबल हमनी के बतावेले कि उ एक दिन बादर पर लौटीहे अउरी अपनी ख़ास लोगन, अपनी सेवकन के जवन विश्वासयोग्य रहल बाड़न, एगो बड़हन इनाम दिहें। बाकी जे लोग उनकी वापसी की खातिर तैयार नइखे उ बहुते निराश होइहे।

परमेश्वर की वफादार सेवकन की खातिर इ बढ़िया इनाम का हवे? प्रभु यीशु मसीह हमनी के “पमेश्वर कऽ राज्य” नामक स्थान पऽ ले जईला कऽ वादा कईले रहलन। इ राज्य कऽ स्थान उ हवे जहाँ सृष्टिकर्ता पमेश्वर वास करेलन। इ एगो आदर्श स्थान हवे जहवाँ हर केहू पूरा तरह से खुश रहेला अउर जहां परमेश्वर मानवता की साथ रहेलन। एह राज्य कऽ लोग पमेश्वर की नियम अउरी एक दूसरा के साथे मेल-मिलाप से रहेला। ओइजा दुःख, पीड़ा, या मृत्यु नईखे। इ अद्भुत राज्य कबो समाप्त नाहीं होई! बाकि एह जगह पर केवल वफादार अउर आज्ञाकारी लोगन के ही जईला कऽ मौका मिली। जवन लोग पमेश्वर के नाहीं मानेला या उन कऽ सेवा कईला में आलसी अउर लापरवाह बाटे, उ उनकी राज्य में प्रवेश नाहीं करी।

पमेश्वर की राज्य खातिर आपन रस्ता अर्जित कईल संभव नाहीं बाटे। इ कई जन्मन की अच्छा कार्यन से भी कहीं अधिक महंगा होई। एह सब की जगह, सृष्टिकर्ता पमेश्वर हमनी के एगो मुफ्त उपहार की रूप में एमे प्रवेश देलन। केहू भी व्यक्ति पमेश्वर के राज्य में जा सकेला, चाहें ओकर जाति, सामाजिक प्रतिष्ठा या पिछला इतिहास कुछ भी रहल होखे। लेकिन वइसे हमनी कऽ अच्छा कर्मन से भी एह राज्य खातिर आपन रस्ता नाहीं कमा सकेनी जा, फेर भी हमनी कऽ कर्म महत्वपूर्ण बाटे। पमेश्वर हमनी की कार्यन के इ जाँचें खातिर देखेलन कि का हमनी कऽ एईसन लोग हईं जा जवन एह तरह की एगो परिपूर्ण, मेल-मिलाप वाला स्थान में खुश रही पाईब जा।

बाइबल ओह लोगन की एगो विशेष समूह कऽ वर्णन करेले जवन पहिला दुगो सेवकन की तरह होखेला—उ जवन कुछ भी करेला ओहमें विश्वास योग्य होखेला। इ विशेष लोग, जिनके “शेष” कहल जाला, दुनिया की हर देश में से उ लोग हवें जे पमेश्वर की आज्ञा कऽ पालन करेलन अउरी प्रभु यीशु की वापसी खातिर गंभीर रहेला।

शेष में शामिल होखल

हमनी कऽ पमेश्वर की ख़ास लोगन वफादार सेवकन की ए समूह कऽ हिस्सा कईसे बन सकेनी जां, जवन एक दिन पमेश्वर की राज्य में प्रवेश करीहें? प्रभु यीशु हमनी के पमेश्वर की प्रति वफादार रहल सिखवेलें, लेकिन उ जटिल नियमन कऽ लंबा सूची नाहीं बनवलें। उ कहलन कि हमनी के अपनी पूरा दिल, आत्मा, अउर दिमाग से परमेश्वर से प्यार करे के चाहीं, अउरी हमनी के अपनी पड़ोसीन से आपन जइसन प्यार करे के चाहीं। (पवित्र बाइबल, मत्ती 22:37–40)। इ आसान लाग सकेला, लेकिन हमनी में से अधिकांश लोगन खातिर अप्रिय लोगन से प्यार कईल आसान नाहीं होला। फेर भी प्रभु यीशु कहलन कि हमनी के अपनी शत्रुअन से भी प्रेम करे के चाहीं। (मत्ती 5:44)। इ खाली एही वजह से संभव होला काहें की पमेश्वर रहस्यमय तरीका से हमनी कऽ हृदय परिवर्तन कर देलन अउरी हमनी के अलौकिक प्रेम अउर अच्छाई से भर देलन। पमेश्वर की खातिर प्रेम भरल जीवन अउरी दूसरन की खातिर प्रेम इ ए बात कऽ प्रमाण हवे कि हमनी कऽ प्रभु यीशु कऽ वफादार सेवक हईं जा।

पमेश्वर की राज्य में अनन्त जीवन!

पहिला दुगो सेवकन की तरह, पमेश्वर की सच्चा अनुयायिन के धैर्यवान अउर विश्वासयोग्य होखे के चाहीं। जब हमनी कऽ मालिक यीशु लौटीहन, तऽ हमनी के वफादारी अउरी विश्वासयोग्यता की इनाम के रूप में अनंत काल की खातिर पमेश्वर के राज्य में प्रवेश कईल होई। उ राज्य ओह लोगन खातिर हवे “जे पमेश्वर के आज्ञा मानेला अउरी यीशु में विश्वास रखेला” (पवित्र बाइबल, प्रकाशितवाक्य 14:12)।

यदि रउरा ओह लोगन में शामिल होखल चाहतनी जे हमेशा पमेश्वर की राज्य में रहीहें, तऽ रउरा एह तरह से प्रार्थना कर सकेनी:

प्रिय पमेश्वर, हम रउरा राज्य में रउआँ के साथे रहल चाहत बानी। रउरा की लौटले तक हमके विश्वासयोग्य बनल रहल सिखाईं अउरी एमे हमार सहायता करीं। हमके एगो बेहतर जगह पऽ ले जईला के राउर वादा खातिर धन्यवाद! आमीन।

यदि रउआ पमेश्वर की राज्य के बारे में अधिका जानल चाहतनी, तऽ कृपा कऽ के एह पन्ना की पीछे दीहल गइल जानकारी पऽ हमनी से संपर्क करीं।

Copyright © 2023 by Sharing Hope Publications. काम के बिना अनुमति के गैर-व्यावसायिक उद्देश्य खातिर छपल औरी साझा कइल जा सकेला
बाइबिल वर्स के अंग्रेजी न्यू किंग जेम्स संस्करण से भोजपुरी में अनुवाद कइल गइल। 1982 में थॉमस नेल्सन द्वारा कॉपीराइट कइल गइल। अनुमति के साथ इस्तेमाल कइल गइल। सभ अधिकार सुरक्षित बा।

हमहन के न्यूज़लेटर खातिर जुड़ीं

सभे नया प्रकाशन कऽ सूचना सबसे पहले पाईं!

newsletter-cover